|
"जुनून....कुछ कर दिखाने का"
हम कल्पना सभकरा से निहोरा करऽतानी कि एन.डी.टी.वी. चइनल प हर शुक आ शनिचर का दिने राति के साढ़े आठ बजे से कार्यक्रम " जुनून..कुछ कर दिखाने का " देखीं आ हमरा के आपन वोट दीं. " माटी के लाल " भोजपुरी गायिका के वोट करे खातिर रउवा सभे Junoon 21 लिखि के 56388 पर SMS करीं. एकरा अलावे रउवा फोन क के भी हमरा के वोट दे सकऽतानी. एयरटेल फोनवाला लोग 543212421 प अउर बी.एस.एन.एल. आ एम.टी.एन.एल. फोनवाला लोग 1862888638821 पर वोट दे के मेहरबानी करीं. रउरा आपन वोट शनिचर का दिने राति के 9 बजे से सोमार के अधरतिया 2 बजे तक ले दे सकऽतानी. रउरा हमरा से रोज सांझि खा 3 बजे से 6 बजे ले सीधे 09821437026 पर भी बतिया सकऽतानी. राउर वोट हमरा के आगे बढ़ावे आ भोजपुरी के पताका ऊँच राखे खातिर जरुरी बा. - कल्पना

|
|
पूरब के बेटी - वैष्णवी
बिहारी हमार सीताराम, बिहारी हमार राधेश्याम ।
बिहारिये के चरनीया में, बाटे हमार चारोधाम ।।
इहे मूलमंत्र ह पुरबिया बेटी वैष्णवी के । बिहार प्रदेश के गरिमा आ सारण के शान के बढ़ावे में ई भोजपुरिया माटी पर छपरा में सात बरीस पहिलहीं जन्मल बेटी वैष्णवी के कलाकारी देखि के सभे हायफ बा । वैष्णवी जब मस्ती से गीत गाके - गाके भावर्नित्य में मगन हो जाले त देखनिहार ओकर कला देखि के मंत्रमुग्ध हो जाला ।
छपरा के समाजसेवी कृष्ण कुमार वैष्णवी आ नूतन गुप्ता के आँखि के पुतरिया बेटी आ गोपी किशन के दुलरुवी बहिन वैष्णवी देश के सम्मानित मंचन पर राष्ट्रीय स्तर के कलाकारन का संगे नामी राजनेता आ गनमान्य लोगन के मउजूदगी में बहुते बेर आपन कार्यक्रम क चुकल बिया । वैष्णवी के कार्यक्रम देखि के सभे इहे कहेला कि एक दिन विश्व पटल पर बिहार के नाम रोशन करी ई पूरब के बेटी ।
*******************************************
दुरदर्शन के हास्य सीरियल " हसते रहो - लड़ते रहो " भोजपुरी फिलिम " बी.ए. पास बहुरिया " आ " जय मईया अम्बे भवानी " में अभिनय क के वैष्णवी इहो देखा दिहलस कि हम केहू से कम नइखीं । वैष्णवी के आडियो वीडियो एलबम टी. सीरिज ( मुंबई), पराग फिल्मस ( पटना), सुर संगम ( पटना), दीपा कैसेटस ( झारखंड) से भोजपुरी, हिन्दी, मैथिली आ अंगीका भाषा में आ चुकल बा । बाकिर वैष्णवी के सभसे बेसी लगाव आपन बोली भोजपुरी से बा । ऊ कहेले कि भोजपुरी हमार संस्कार ह, भोजपुरी हमार संमाज ह आ भोजपुरी हमार सँसार ह ।
|
| |
 |
फुलसुंधी वयोवु
साहित्यकार
श्री पाण्डेय कपिल
के लिखल कालजयी उपन्यास के किश्तवार अंश..
|
|
जुग-जुग जिअऽ कल्पना

आजु 13 जुन के दीने कल्पना दिहली
भोजपुरी फोक के एगो असली सउगात, आजुवे एनडीटीवी इमेजिन चइनल
के एगो रियल्टी शो जुनून....कुछ कर दिखाने का में कल्पना असाम
के बिहु गीत आ भोजपुरी गनवा से अइसन समां बंधली की सभ लोगवे
खडा होके थपरी पीट पीट के उनुकरा के वाह-वाही देवे लागल, औरी
आजुवे ऊ भोजपुरी फोक इतिहास में आपन नाम नीमन से लिखवा लिहली।
कल्पना, तु जिअऽ लाख बरीस आ एही तरेह भोजपुरी फोक के आगे बढावत
रहऽ।
********************************************
थम्स अप ईटीवी भोजपुरी फिल्म सम्मान २००८
बनारस, अतवार ८ जून २००८ के दिन,
गंगा जी के किनारा, राति के मान मंदिर घाट रंग बिरंगा रोशनी
ले लकलकात रहुवे. घाट के किनारे पानिए मे स्टेज बनल रहे थम्स
अप ईटीवी भोजपुरी फिल्म सम्मान २००८ समारोह के, स्टेज का सोझा
देखनिहारन के गहमागहमी रहे. भोजपुरी सिनेमा जगत के कुल्हि लोग
एह समारोह में भाग लेबे खातिर आइय रहे. ईटीवी नेटवर्क आ भोजपुरी
फिल्म सम्मान का दिशा में लागल संतोष पाण्डेय के परिकल्पना के
साकार रुप लउकत रहे. वइसे त कार्यक्रम के संचालन निधी तिवारी
आ संकेत जायसवाल का हाथे रहुवे बाकिर जब ईटीवी के मुख्य निरमाता
संतोष पाण्डेय एह आयोजन के मंशा आ कारन के बारे में सारगर्भित
ढंग से आपन बात रखुअन त सभे उनुकर मकसद आ बोले के अंदाज के बड़ाई
करुवे. बलुक कुछ लोग त इहो कहत रहुवे कि पूरा संचालन जदी इहें
के करतीं त ठीक रहीत. फेरु शुरु भइल रंगारंग कार्यक्रम आ बीच
बीच में सम्मान वितरन.
सबसे लोकप्रिय
सर्वाधिक ईमेल किए गए लेख
सर्वाधिक पढ़े गए लेख
सर्वाधिक पसंद किए गए लेख
अतिथि
संपादक
|