भोजपुरी फिल्मन के दुनिया में आजु काल्हु एगो बात पर झगड़ा बेमतलब के बढ़ल जा रहल
बा. मिथुन चक्रवर्ती आ सुनील शर्मा के बीच के रुपया पइसा के झगड़ा में कूदल लोग
बात सझुरावत नइखे अझूरवले जात बा.
भोजपुरी में जतना काम नइखे होत ओह ले अधिका बतकुच्चन हो जात बा, सब केहू एही
में लागल बा कि हम कतना बड़ हईं तहरा के हम काहे पूछम? होखे के चाहत रहे कि कुछ
लोग बीच बचाव कर के मामिला सलटा दित बाकिर कुछ लोग आगि में घीव डाले के काम कर
रहल बा.
भोजपुरिहा सिनेमा के सुपरस्टार रविकिशन एह झगड़ा में एगो पक्ष का समर्थन में उतरि
के बात अउरि बढ़ा दिहलन. मुंबई फिल्म फेडरेशन बिहार झारखण्ड में भोजपुरी फिलिमन
के शूटिंग के बायकाट करे के फैसला लिहलसि त रविकिशन ओकर समर्थन कर दिहलन.
रविकिशन पर भोजपुरी जनता के बिहार यूपी में बाँटे का कोशिश करे के आरोप लगावत
बिहार झारखण्ड मोशन पिक्चर्स एसोसिएन के डाँ सुनील कुमार कहले बाड़न कि रविकिशन
से अइसनका गद्दारी के उमेद ना रहल हा.