|
गब्बर सिंह के लहर उठल बा.
भोजपुरी में बनावल गब्बर सिह फिलिम सुने में आवत बा कि बिहार आ यूपीमें नीमन
बिजनेस कर रहल बा. रविकिशन एह फिलिम में गब्बर बनल बाड़न. असली शोले का गब्बर से
भोजपुरिया गब्बर अलगा अन्दाज लेले बा. ऊ सेना से रिटायर भइल का बाद हालात का
मजबूरियन का चलते डकैत बनल बा. भोजपुरी गब्बर एकताकपूर के फिलिम हऽ जवना में
महेश पाण्डेय आ शोभा भी भागीदार बा लोग. जीतेन्द्र एह फिलिम मे ठाकुर के रोल
कइले बाड़न. गब्बर के ठाकुर के हाथ सही सलामत बा.
|